Search This Blog

Friday, June 18, 2010

आफत आवे ला इहा से रौआ जान ली ,

आफत आवे ला इहा से रौआ जान ली ,
हम कहत बानी सच हा इ मान ली ,
नेता के संगे घुमेम ता लोग चमचा मानी ,
पुलिस के संगे घुमेम ता बोली लोग दलाल ,
इंसानियत के राह पर चालबा ता भाई ,
तहरा के जादा लोग आपन दुसमन मानी
आफत आवे ला इहा से रौआ जान ली ,
हम कहत बानी सच हा इ मान ली ,
जबान बदल गइल बा खुद के बदल द ,
चोर के संगे रहबा ता लोग चोर कही ,
हिंदुस्तान के खून में दौरत बा करपसन ,
अब इ बन गइल बा ला इलाज केंसर ,
अब केहू दरोगा बने खातिर लाखो दी ,
ता उ थोरे थोरे का के घुस काहे ना ली ,
बाकिर इ कौ दिन चली पाप के घरा भरी ,
हिंद में एक दिन राम राज आई मान ली ,
आफत आवे ला इहा से रौआ जान ली ,
हम कहत बानी सच हा इ मान ली ,

No comments:

Post a Comment