Search This Blog

Friday, June 18, 2010

मीरा जी रउरा पीरा के अंत हो जाई,

मीरा जी रउरा पीरा के अंत हो जाई,
जाहीआ भोजपुरी आठवा सूचि में आई ,
राउर बाबु जी जगजीवन बाबु ,
उहो के नामवा साकार हो जाई ,
जाहीआ भोजपुरी आठवा सूचि में आई ,
अइसन अभागा भासा ,
बेटा सुभागा देहलस ,
जेकर ता नाम लेके ,
लोगवा ता आगे बढ़ल,
राजेंदर बाबु के ख़ुशी उहा मिल जाई ,
जाहीआ भोजपुरी आठवा सूचि में आई ,
बोले वाला एतना बेशी ,
एकरा में जान देशी ,
ना जाने काहे करे ,
दिल्ली इ अनदेखी ,
जे पि के मन उहा फूले ना समाई ,
जाहीआ भोजपुरी आठवा सूचि में आई ,

No comments:

Post a Comment