Search This Blog

Friday, June 18, 2010

भूल बोली ता राउआ बोलेम,

भूल बोली ता राउआ बोलेम,
हमारा बतिया के रउरा तोलेम ,
दुगो बरका बतिआवत होखस ,
बिच में मत टपक जयेम ,
दुगो महाबली लड़त होखस ,
ओ में टांग मत आरायेम ,
केहू के झगरा मत किनेम ,
खुद के रउरा बचायेम ,
भूल बोली ता राउआ बोलेम,
जब ले पैसा लगे बाटे ,
रउरा इज्जत पायेम,
हाथ के फक्कर हो गईनि ता ,
कही से इज्जत ना पायेम ,
नून रोटी खाली राउआ .
दुःख केहू के मत बतालायेम .
भूल बोली ता राउआ बोलेम,
आपन इज्जत अपने हाथ में ,
बाटे इ जान जाई,
एकरा के ढील कईनि ता ,
जग में होई हँसाइ ,
केहू कुछु दिही ना ,
उल्टा मजाक के पात्र बन जाएम,
भूल बोली ता राउआ बोलेम,

No comments:

Post a Comment