Search This Blog

Friday, June 18, 2010

अब हम का कही राउए देख ली ,

अब हम का कही राउए देख ली ,
जमाना के असर भगवानो पर परत बा ,
जेकरा लगे पैसा नइखे लाइन में लागल बा ,
पैसा बा ता पंडित में मुह पर फेक दी ,
अब जाई न भीतर भगवन के नीरेख ली ,
अब हम का कही राउए देख ली ,
लोग कहत बा अब इह अंतर नइखे ,
डर से मंगरुआ के बेटी मंदिर में घुसत नइखे ,
जब कवनो हिमत कर के घुस गइल ,
भगवानो ओकरा के नइखन बचावत ,
ओकरा इजत के तार तार इ बाबा लोग करत बा ,
रवि के बात बुरा लागे रौओ पाव टेक दी ,
अब हम का कही राउए देख ली ,

No comments:

Post a Comment