Search This Blog

Friday, June 18, 2010

हमारा से निक बाटे सेठ जी के कुकुर ,

हमारा से निक बाटे सेठ जी के कुकुर ,
गरिया में जाला देख टुकुर टुकुर ,
पैदल घुमाई ले हमू नहालाई ले ,
ओकरा खातिर आवे ला जावन बिस्कुट ,
चुपके से हमू आपना घरे ले जाई ले ,
लाईका हमार खाले सन भुकुर भुकुर ,
हमारा से निक बाटे सेठ जी के कुकुर ,
बचे ला साबुन फेकी ना हमहू ,
ओकर देह दबावल भूली ना कबहू ,
भूलो से कबो उ जे चिलाला,
हमारा ऊपर आफत आ जाला ,
सेठानी हमके देली खुबे गारी हजूर ,
हमारा से निक बाटे सेठ जी के कुकुर ,
हामी ओकरा खातिर किनेनी खाना ,
ओकरे चलते हमारो खुशाल जमाना ,
पाईले हमहू पंद्रह सौ जे महिना ,
चालित कैसे घर पूरा महिना ,
पाच हजार ले उनके खाना से बचाई ले ,
ओही पाईसवा से लेकन के पढाई ले ,
जिआत रहा तू बनके सेठ जी के नूर ,
हमारा से निक बाटे सेठ जी के कुकुर ,

No comments:

Post a Comment