Search This Blog

Friday, June 18, 2010

आई आई रौआ के कलकाता घुमा दी ,

आई आई रौआ के कलकाता घुमा दी ,
पाहिले चली दछिनेश्वर दरसन करा दी ,
आई आई रौआ के कलकाता घुमा दी ,
उतर में दछिनेश्वरी काली लागले ब्रिज बा बाली,
दछिन में बा कालीघाट काली माई कलकाता वाली ,
अलीपुर में चली चिरिया घर दिखा दी ,
आई आई रौआ के कलकाता घुमा दी ,
मध्य कलकाता धरमताला लगाही बिक्टोरिया ,
तारा मंडल देख ली चली जादू घर के ओरिया ,
बाबु घाट के ओरी चली इडेन गार्डन दिखादी ,
आई आई रौआ के कलकाता घुमा दी ,
बहुत कुछ बाटे कलकाता में हम केतना बताई ,
मेट्रो में चढी टालीगंज दमदम ले ले जाई ,
ओही जा से एअरपोर्ट नाज्दिके बा बता दी ,
आई आई रौआ के कलकाता घुमा दी ,
नाम पर एकरा जयेम मत कर दिही परेशान,
धरमताला में धरम ना होला मिलिहे ढेर बाईमान ,
सोच समझ के चलेम रउरा ना ता केहू फसा दी ,
आई आई रौआ के कलकाता घुमा दी ,

No comments:

Post a Comment