Search This Blog

Friday, June 18, 2010

मांगत बानी हक भीख ना ,

मांगत बानी हक भीख ना ,
इंतजार काइनि साल 60 ,
अब रुकब दिन 30 ना ,
अब ता भोजपुरी के सुनी ,
बिना मतलब के कपार मत धुनी .
बारा सहनशील होले भोजपुरिया ,
बाकिर बात सुनी बाराइ खीस ना ,
मांगत बानी हक भीख ना ,
इ का ठीक बा जवान बच्चा ना रोई ,
ओकरा के ना पूछाइ ,
बरका देखत रही ,
छोटका के खूब खिलावल जाई,
जेतना भोजपुरिया के छेत्र बा
ओमे 30 गो पंजाब 35 गो हरियाणा,
दर्द के भरी उठे दी टिश ना ,
मांगत बानी हक भीख ना ,
ख़ुशी बा मैथली के हक़ मिलल ,
येमे होई मैथली 100 गो ,
बंगला भासा के देखि ,
इहो हो जाई 9 गो ,
कवना कवना के नाम जोराइ ,
का केहू लागे बाटे ,
हिंदी छोर हिंद के भासा ,
और कौन लोग बोलत बाटे ,
अब ना मिली ता होई निक ना .
मांगत बानी हक भीख ना ,

No comments:

Post a Comment