Search This Blog

Friday, June 18, 2010

एगो कुकुर के देखनि अईसन लगाल ,

एगो कुकुर के देखनि अईसन लगाल ,
कास हमहू रहती कुकुर जनमल ,
ऐरा गैरा ना उ ता बारे बेकार ,
अलसेसियन बुलडॉग के मिले ला प्यार ,
रोड वालालान के मिलेला दुत्कार ,
सुते के मिलित हमके मलमल ,
कास हमहू रहती कुकुर जनमल ,
चले के साईकिल नइखे टूटल ,
ओढे के टाट नइखे फाटल ,
खाए के नइखे मिळत नून आउर रोटी ,
नहाये में सालो से ना साबुन मिलल ,
कास हमहू रहती कुकुर जनमल ,
चले के मिलित मोटर कार,
नहाये खातिर दूध टाब में मिळत ,
ऊपर से लागी लक्स खस बार बार ,
खाइती हम मांस के टुकरा ,
भगवान अबहु से करा तू सरम ,
कास हमहू रहती कुकुर जनमल ,

No comments:

Post a Comment